हँसुआ
Appearance
Other names | Sickle, Bagging hook, reaping-hook |
---|---|
Classification | काटे वाला औजार |
Related | Scythe |
हँसुआ (अंग्रेजी: sickl) हाथ में पकड़ के इस्तेमाल होखे वाला एगो धारदार औजार होला जे खेती में फसल काटे चाहे मवेशी सभ खातिर चारा वाली फसल आ घास काटे के कामे आवे ला। आज्काल्ह ई लोहा भा अइसने कौनो धातु के बनल गोलाई लिहले धारदार चीज होला जेकरा एक माथ पर लकड़ी क मुठिया लागल होखे ला। एकर धार प्लेन चाहे दाँतेदार दुनों किसिम के हो सके ले।
हिंदी आ नेपाली में एकरा के हँसिया कहल जाला । ई भारतीय उपमहादीप में बहुत चलन के औजार ह जे हाथ से काम करे वाला मजूरा आ खेतिहर लोगन के कामे आवे ला। भारत के अलावा अइसन औजार, थोर-बहुत साइज-शेप में अंतर के साथे, पूरा दुनियाँ में इस्तेमाल होखे लें।
हँसुआ मजदूर बर्ग के चीन्हा मानल जाला। ई हथौड़ा के साथे मिल के हँसुआ-हथौड़ा के रूप में कम्युनिस्ट पार्टी के चीन्हा आ झंडा पर बनल निशान हवे।
ई औजार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |