ई लेख एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे।
Russia: ~175,000[1]–190,000[2] at the Ukrainian border
Donetsk PR:
20,000
Luhansk PR:
14,000
Ukraine:
209,000 (Armed Forces)
102,000 (Paramilitary)
900,000 (Reserves)
24 फरवरी 2022 के रूस द्वारा यूक्रेन पर बड़हन पैमाना पर हमला क दिहल गइल जे लमहर समय से चलत आ रहल रूस-यूक्रेन युद्ध के एगो बड़ पैमाना के घटना बाटे। एह हमला के तइयारी रूस द्वारा 2021 के सुरुआते में एह इलाका में सेना एकट्ठा करे से सुरू भइल; रूस के मांग रहल कि यूक्रेन के नाटो में मत सामिल कइल जाय।[3] हमला करे के ठीक पहिले रूस द्वारा खुद-घोषित दू गो इलाका दोनेत्स्क पीपल्स रिपब्लिक आ लोहान्स्क पीपल्स रिपब्लिक के मान्यता दे दिहल गइल। एकरा बाद डोनबास इलाका में रूस के सेना हमला सुरू क दिहलस।
यूनाइटेड नेशंस के सेक्रेटरी जनरल एंटानियो गुटरेस रूस से आग्रह कइलें कि तत्काल हमला के रोक दिहल जाय, फ्रांस के आ अमेरिका के राजदूत लोग घोषणा कइल कि यूनाइटेड नेशंस के सिक्योरिटी काउंसिल (सुरक्षा परिषद) में प्रस्ताव ले आइल जाई।[4]यूनाइटेड किंगडम,[5]अमेरिका,[6]कनाडा[7] आ यूरोपियन युनियन[8] एह हमला केबिना उकसावा के कइल हमला आ अनियाव भरल बतवले बाड़ें आ घोषणा कइले बाड़ें की रूस के खिलाफ कठोर प्रतिबंध लगावल जाई।[9]फ्रांस,[10][11]स्पेन, जापान, इटली, नार्वे, आ जॉर्जिया[12][13][14] एकर निंदा कइले बाड़ें।
↑Julian E., Barnes; Michael, Crowley; Eric, Schmitt (10 January 2022). "Russia Positioning Helicopters, in Possible Sign of Ukraine Plans". The New York Times (अंग्रेजी में). Archived from the original on 22 January 2022. Retrieved 20 January 2022. American officials had expected additional Russian troops to stream toward the Ukrainian border in December and early January, building toward a force of 175,000.